परवेग

testwiki से
Jump to navigation Jump to search

भौतिकी मे, परवेग समय के सापेक्ष वेग मे परिवरतन के दर के कहल जाला। न्यूटन के दोसरका नीयम के कहनाम ह कि कोनो चिझ प लागल कुल बर होकर परवेग के कारन होखेला।[] परवेग के एसआई एकाई न्यूटन प्रति वर्ग सेकंड होला। ई एगो सदिक राशि ह। बस्तु प लागल कुल बर के सदिक के दिशा आ होकर परवेग के दिशा एक्के होखेला।

टेम्पलेट:Infobox physical quantity

उदाहरन बदे, जदि कोनो गाड़ी सून्ना वेग प चाहे रुकल होखे आ फेर चालू होइके सोझे आपन वेग अधिकावत चलस त होकरा लगे कुछुओ परवेग होखी। जदि गाड़ी मुड़ि जाऽतिया तऽ परवेग के दीसा दोसर होई जाई।

परिभासा अउरी गुन

अउसत परवेग

परवेग वेग परिवरतन के दर होखेला। बाँट मे केवनो बींदू प, परवेग के मान ओह बींदु प वेग के मान आउर दिसा के बदलाव के दर होखेला।

बस्तुअन के औसत परवेग वेग मे बदलाव (∆v) आउर समय मे बदलाव (∆t) के भागा होला।

𝐚¯=Δ𝐯Δt.

संदर्भ

टेम्पलेट:Physics-stub